रेलगाड़ीqd Cki lh8am7 E O
अमेरिका में एगो मालगाड़ी
| कड़ी के हिस्सा जेकर बिसय बा |
| रेल परिवहन |
|---|
|
|
रेलगाड़ी भा ट्रेन (अंगरेजी: Train) परिवहन के साधन हवे जे पटरी पर चले ला आ इंजन के अलावा आपस में कई गो जुड़ल डब्बा के रूप में होला। यात्री ढोवे वाली ट्रेन के पसिंजर गाड़ी आ माल ढोवे वाली के मालगाड़ी कहल जाला। नया जमाना में सिंगल पटरी पर चले वाली रेलगाड़ी भी डिजाइन कइल गइल बाड़ी जिनहन के मोनोरेल कहल जाला। तेज गति से चले वाली रेलगाड़ी सभ के हाई-स्पीड ट्रेन या बुलेट ट्रेन भी कहल जाला।
सुरुआती दौर में, रेलगाड़ी भाप के इंजन से चलें, एकरे बाद डीजल से चले वाली आ इलेक्ट्रिक ट्रेन अब ज्यादा चलन में बाड़ी स। भाप के इंजन से चले वाली गाड़ी अब बहुत कम जगह पर चले लीं आ इनहन के इतिहासी महत्व भा पर्यटन के नजरिया से चलावल जा रहल बा।
| ई रेल परिवहन संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |